Ye Sajni Tohke Pake Mp3 Song Download
Album : Vivaah 3 (2024)
Singer : Priyanka Singh, Sugam Singh
Music : Rajnish Mishra
Lyrics : Rajnish Mishra
Play Or Download Here
Ye Sajni Tohke Pake Lyrics
ऐ सजनी बनके बहार तू तsआ गइलू हो
अपना प्रीत के फूलवा दिल में खिला गइलू हो
दउरा में डेग धके अंगन�
....ऐ सजनी बनके बहार तू तsआ गइलू हो
अपना प्रीत के फूलवा दिल में खिला गइलू हो
दउरा में डेग धके अंगना में हमरा लागे पूर्णिमा के चाँद आ गईल
ऐ सजनी तोहके पाके देहियां में फिर से प्राण आ गईल
ऐ सजनी तोहके पाके देहियां में फिर से प्राण आ गईल
जाने कइसन भइल जादू हम पे सुध- बुध सगरी भूला दिहला हो
जवना गली हम जाए के ना सोचनी रहिया उहे धरा दिहला हो
तीर छोड़ता कमान भीतरी, उठता तूफान जान बेईमान मन के मनावs ना
आज लांघे दs शिवान रात भइल बा जवान
आवs तु भी आके फायदा उठावs ना
कहा मानs साजन करीं जवन करे मन
हउए रउए सारा धन हेने आयीं ना ऐ जी
ऐ सजनी हमरा अंगनवा घूंघटा ओढ़ के बिहान आ गईल
ऐ सजनी तोहके पाके देहियां में फिर से प्राण आ गईल
हर पल रउए में डूबल रहे मन, सूझे ना अब कवनो काम जी
देहियां के खुशबू में मातल रहीं ना, अंखियां के बनके गुलाम जी
कवने देवता के प्रसादी बनके अइलू शहजादी
हमरा नाम के तू सेनूरा लगावे लगलू
बाटे धरती पs ना पांव हमके दे के एतना भाव
जबसे ए जी, ओ जी कहके बोलावे लगलू
सातो जनम के बा साथ लेके हथवा में हाथ
पियवा अइसे काट देब जिंदगी के दिन रात
तू हंसी के पिया जी बोलवलू, भगिया पे अपना गुमान आ गइल
ऐ सजनी तोहके पाके देहियां में फिर से प्राण आ गइल