Laxami Ke Roop Leke Mp3 Song Download

Album : Bhool Bhulaiyaa (Gourav Jha)
Singer : Shalini Dubey
Music : Madhukar Anand
Lyrics : Fanindra Rao
Play Or Download Here
Laxami Ke Roop Leke Lyrics
"लक्ष्मी के रूप लेके नईकी बहुरिया अईली
अपना ससुरवा अइसन भाग जागल हो
एक-एक डेग धरS तारी दउरवा �
...."लक्ष्मी के रूप लेके नईकी बहुरिया अईली
अपना ससुरवा अइसन भाग जागल हो
एक-एक डेग धरS तारी दउरवा में
घरवा-अंगनवा से नेह लागल हो
एक-एक डेग धरS तारी दउरवा में
घरवा-अंगनवा से नेह लागल हो
माता अन्नपूर्णा से मिलल आशीर्वाद हो
सुख शांति से रही घरवा आबाद हो
होSSS
माता अन्नपूर्णा से मिलल आशीर्वाद हो
सुख शांति से रही घरवा आबाद हो
एक एक कोना लागे बहुते सलोना देखS
भीतरा-बहरवा इनकर ताक लागल हो
एक-एक डेग धर तारी दउरवा में
घरवा-अंगनवा से नेह लागल हो
एक-एक डेग धर तारी दउरवा में
घरवा-अंगनवा से नेह लागल हो
सास, ससुर, ननद से बढ़ी-बढ़ी प्रीत हो
बहुरानी बनके ई लिहे दिल जीत हो
होSSS
सास, ससुर, ननद से बढ़ी बढ़ी प्रीत हो
बहुरानी बनके ई लिहे दिल जीत हो
मंगल गीत गावे ख़ुशी से सभे लोग
धईके अचरवा इहे आस जागल हो
एक-एक डेग धर तारी दउरवा में
घरवा-अंगनवा से नेह लागल हो
एक-एक डेग धर तारी दउरवा में
घरवा-अंगनवा से नेह लागल हो
कोहबर में बईठल बाड़ी घूँघट में
हुदबुद बनल बाटे मन के भीतर में
होSSS
कोहबर में बईठल बाड़ी घूँघट में
हुदबुद बनल बाटे मन के भीतर में
दूल्हा उठावे घुंघटा प्यार से धीरे-धीरे
सट के पजरवा बहुते प्यार जागल हो
नया जिनिगिया के होता शुरुआत अब
पूरा भईल सब बर मांगल हो
नया जिनिगिया के होता शुरुआत अब
पूरा भईल सब बर मांगल हो